जोगीरा सा रा रा रा

जय जय बोलऽ हल्ला करऽ अउर बजावऽ गाल 
लग्गे नाहीं आई कोरोना गली न ओकर दाल 
जोगीरा सा रा रा रा

घर में पोतऽ घर में डालऽ घर में खेलऽ होली
ना करोना पजरा आई मगन रही हमजोली
जोगीरा सा रा रा रा

मोदी जोगी नड्डा शाह के आगे लागत रहल पिद्दी
सगर चिहा ठाढ़ भइलैं अस ल॔गड़ी मरलस दिद्दी
जोगीरा सा रा रा रा

डरपोकवन पर डाका डाले मनबढुअन से कगराय
जहां नेता स भाषण देलैं ना उहां कोरोना जाय
जोगीरा सा रा रा रा

देवरा सनकल भउजी भुसनाइल कइसन भइल ई बात
जे खेले दी नाहीं होली खाई करोना लात
जोगीरा सा रा रा रा

ना फगुआ में भांग पिसाई ना लवण्डा नाची
ना दद्दू पैना ले के पोंकियइहैं ना चहेंटी चाची
जोगीरा सा रा रा रा

........................डॉ एम डी सिंह  

रिपोर्टर

संबंधित पोस्ट