माई यक्षिणी के पावन धाम भलुनी धाम के समस्त भवन ईको पार्क की सुरक्षा की मांग मुख्यमंत्री से किया
- सुनील कुमार, जिला ब्यूरो चीफ रोहतास
- Nov 23, 2026
- 1 views
रोहतास।आदिशक्ति जगतजननी माई यक्षिणी के पावन भलुनी धाम में माई के मंदिर में आभूषण के चोरी अत्यंत निंदनीय आ जन-आस्था के गहराई से आहत करे वोला बा।
श्री यक्षिणी भोजपुरी साहित्य समिति एकर घोर निंदा करत बिया।
समिति के सचिव हर्षनाथ पाण्डेय एडवोकेट सहित समिति ने शासन-प्रशासन से एह घटना के निष्पक्ष, त्वरित आ पारदर्शी जांच, चोरी भइल आभूषण के शीघ्र बरामदगी आ दोषियन के विरुद्ध विधिसम्मत कठोर कार्रवाई के मांग करत बिया।
साथे, ई सुनिश्चित करने का आग्रह करत बिया कि भविष्य में एह तरह के घटना के पुनरावृत्ति ना होखे।
एह संवेदनशील प्रकरण में माई के पावन धाम के प्राचीन धार्मिक-आध्यात्मिक गरिमा, पंडा परिवार के पीढ़ियन पुरान पूजा-परंपरा आ धार्मिक स्वायत्तता अक्षुण्ण रहे के चाहीं। एहिजा के धार्मिक परंपरा के बरकरार रखे के चाहीं।
भलुनी धाम क्षेत्र के 'महामना मालवीय', समिति के संस्थापक श्रद्धेय कन्हैयालाल पंडित जी एह पावन धाम के धार्मिक-आध्यात्मिक आ सांस्कृतिक विरासत, जल-जंगल-जमीन, पर्यावरण आ जनसुविधा के संरक्षण-संवर्धन के खातिर आजीवन संघर्ष और साधना कइनीं। उहां का सपना, संकल्प आ लोकमंगल के प्रयासन के संरक्षित करे आ साकार कइल हमनीं सब के साझा दायित्व बा।
श्री यक्षिणी भोजपुरी साहित्य समिति वर्ष 1981 से साहित्य, संस्कृति, शिक्षा, पर्यावरण संरक्षण आ जनचेतना के क्षेत्र में सक्रिय रहल बिया।
धाम में समुचित पुलिस चौकी/थाना आ प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र के स्थापना, जंगल -- ईको पार्क के संरक्षण-विकास, चार पौराणिक तालाबन के संरक्षण आ जनसहयोग से निर्मित सार्वजनिक पुस्तकालय जइसन पहल एह सतत लोकहितकारी प्रयास के हिस्सा रहल बा।
समिति #बिहार_के_माननीय_मुख्यमंत्री_श्री_सम्राट_चौधरी_जी के विशेष ध्यान आकृष्ट करते हुए आग्रह करत बिया कि उहाँ का एह घटना के संज्ञान लीं आ भलुनी धाम क्षेत्र के सुरक्षा, बुनियादी सुविधा आ सर्वांगीण विकास खातिर आवश्यक पहल सुनिश्चित करे के अनुग्रह करीं।
हर दिन सैकड़ो हजारों के संख्या में आवे वाले श्रद्धालु, माई बहिन, बाल बचना आ बुजुर्ग के सुविधा आ सुरक्षा खातिर पूर्णकालिक पुलिस चौकी/थान आ प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र के स्थापना अत्यंत आवश्यक बा।
समिति शासन-प्रशासन, श्रद्धालु समाज और समस्त क्षेत्रवासियों से आग्रह करत बिया कि एह प्राचीन धाम के आध्यात्मिक प्रतिष्ठा, लोक-आस्था, पारंपरिक पूजा-पद्धति आ प्राकृतिक-सांस्कृतिक विरासत के संरक्षण खातिर सामूहिक उत्तरदायित्व निभाईं।
अपराध पर कठोर कार्रवाई होखे, सुरक्षा-व्यवस्था सुदृढ़ होखे आ आस्था आउर परंपरा के गरिमा अक्षुण्ण रहे।
माई यक्षिणी के पावन धाम के प्रतिष्ठा, सुरक्षा आ समग्र विकास ही हमनीं के साझा संकल्प बा।


रिपोर्टर