
कविता : बेटी भ्रुड़ हत्या
- Hindi Samaachar
- Jun 09, 2018
- 640 views
बेटा भईले पर बाजे सोरहउ बजनवां,
बेटी भईले पर टुटे मनवां हो बोल काहे- हो बोल काहे।
अब गरभर्इ में मारल जाता जनवां,हो बोल काहे-हो बोल काहे।
आखिर बेटीये तो हो लीन कहियउ केहुअई के माई ,
जबन माई न रही त बेटा के जनमाइ,
जेकरा से भइल बाटइ सगरउ जहनवां
ओकरा लियात परनवां हो बोल काहे।
अब गरभई में मारल जाता जनवा हो बोल काहे -हो बोल काहे।
कबहुं बेटी से जादा बेटा सुख ना दे पाई ,
तबहुं माई औरी बापू कहे धन हौ पराई
दिन-दिन भईल जाता बेटी के पतनवां,
जेकरा से बाटई वतनवां हो बोल काहे।
अब गरभई में मारल जाता जनवा हो बोल काहे - हो बोल काहे।
लिखले भईया एस.एस.पी.बी.सी सब से विनती बा भाई जहिया बेटी ना रही सृष्टि खतम हो जाई हो बोल काहे।
अब गरभई में मारल जाता जनवां हो बोल काहे - हो बोल काहे।
एस.एस.पी.बी.सी
रिपोर्टर